Rajanjems:बिहार में से दारुबंदी पर
बंदभईल दारू बिहार में,
पीये वाला जइहें तिहाड़ में ।
नशे में भैया के बहकी न पाँव,
गुस्से में भौजी अब, न छोड़िहें गाँव,
छोटकी रहे कबसे इंतजार में
बंद भईल दारू बिहार में ।।
दारू अड्डा सील भईल, लागी न जुगाड़,
इंगलिश खातिर दौड़े पडी, शहर- बाजार,
देशी -महुआ -पाउच , गईल चुल्हिभाड़ में
बंद भईल दारू बिहार में !!!
Blogger by Rajan kumar jha
No comments:
Post a Comment